Male - रहलु कुंवार तले कइलू मनमानी
फेसबुक इंस्टा पे दिखईलु जवानी 2
छोड़ द ई काम सब देखें सरेयाम
लोग माजा लेता हमरा से लूटी हो
Female - भले तोहरा से नाता टूटी हो
बाकी रील बनावल ना छूटी हो 2
अंतरा 2
Male - गउवा जवार में हसतावे मारता सभे ताना
नाचतिया फलनवा ब देखता जमाना
Female - बोल केहुवों से काहे हम लजाई
रील के कमाई जब हम खाई हो
Male - लागे प्यार तू करेलू झूठी हो
Female - भले तोहरा से नाता टूटी हो
बाकी रील बनावल ना छूटी हो 2
अंतरा 2
Male - घर परिवार समाज से लागे बदनाम करइबु हो
बनल बनावल इज्जत सगरो माटी में मिलइबु हो
Female - अज्जु अंजान विजय लोग का कही
कही के अपना घरवे त रही
Male - लागे किस्मत हमार गइल फूटी हो
Female - भले तोहरा से नाता टूटी हो
बाकी रील बनावल ना छूटी हो 2