मुखड़ा
भोरे से भईल भीनुसार ए माई
बोले कोयलिया हजार ए माई-2
लइनी फूल फल, लोटी में गंगा जल ढार माई हो
जाग S जाग S
जाग हमार माई हो ,जाग हमार माई हो-2
1st अंतरा
पंडी जी पतरा देखले अजुवे के जोग बा
खोलतु नयन 56 सजल माई भोग बा
सेव केला चुनरी नरियलवा हो सब जोड़े जोड़े
आँख खोलना कर s सेवनवा हो सब थोड़े थोड़े
दावना मडुवा फूल अडंहुलवा के हार माई हो
जाग S जाग S
जाग हमार माई हो ,जाग हमार माई हो-2
2nd अंतरा
गउआ जवार सगरो कइलू उजागर
कहेलावे लोग हउ ममता के सागर
सब लोगवा करत बावे अरजी हाथ जोड़ी जोड़ी
देद अचरा के प्यार सब लोग के ये हो मईया मोरी
अजय आकाश के राजन के आस के सवार माई हो
जाग S जाग S
जाग हमार माई हो ,जाग हमार माई हो-2